विकिडेटा
Main page of Wikidata in April 2021 | |
साइट के प्रकार | |
|---|---|
| भाषा | कई भाषा |
| स्थापित | 29 अक्टूबर 2012[1] |
| मालिक | विकिमीडिया फाउंडेशन[2] |
| वेबसाइट | wikidata |
| कॉमर्शियल | No |
| रजिस्ट्रेशन | बैकल्पिक |
विकिडेटा (Wikidata) आपसी सहजोग से संपादित होखे वाला, बहुभाषी, नॉलेज ग्राफ (अइसन नॉलेज बेस जे ग्राफ के रूप के डेटा मॉडल में जानकारी के सहेजे) हवे जे विकिमीडिया फाउंडेशन द्वारा होस्ट कइल जा रहल बा। ई खुला डेटा के कॉमन सोर्स हवे जेकरा के सगरी विकिमीडिया प्रोजेक्ट सभ इस्तेमाल करे लें जइसे कि विकिपीडिया, आ अउरियो केहू दूसर एकर इस्तेमाल CC0 पब्लिक डोमेन लाइसेंस के तहत कइ सके ला।
विकिडेटा के संचालन विकिबेस सॉफ्टवेयर पर होला। एकरा के केहूओ संपादित क सके ला काहें से कि ई एक किसिम के विकि हवे। एकर इस्तेमाल मशीन (कंप्यूटर बॉट वगैरह) आ आदमी (मैनुअली) केहू क सके ला।
विकिडेटा 29 अक्टूबर 2012 के लांच भइल रहे। शुरुआत में विकिपीडिया के अलग-अलग भाषा सभ के एकही बिसय पर बनल पन्ना सभ के जोड़े खातिर उनहन पर इंटरविकि कड़ी के इस्तेमाल कइल जाव। एही खातिर विकिडेटा के शुरुआत भइल कि एह आपसी जोड़ सभ के एक जगह एकट्ठा रखल जा सके आ सगरी भाषा के विकिपीडिया इहाँ से एह जोड़ सभ के इस्तेमाल क सकें। 14 जनवरी 2013 के हंगेरियन भाषा के विकिपीडिया पहिली विकिपीडिया बनल जेकर आँकड़ा विकिडेटा से जुड़ गइल। एकरे बाद हिब्रू आ इटैलियन भाषा के विकिपीडिया एह से जुड़ल। 13 फरवरी के अंग्रेजी भाषा के विकिपीडिया विकिडेटा से जुड़ गइल आ 6 मार्च 2013 से सगरी भाषा के विकिपीडिया सभ एह सुबिधा से जुड़ गइलीं। 23 सितंबर के विकिमीडिया कॉमंस एकरा से जुड़ गइल।
बाद में एह में अउरी फंक्शन सभ जुड़त गइलें। 15 मई 2021 ले के आँकड़ा अनुसार एह विकिडेटा पर कुल 9,36,15,000+ डेटा आइटम रहलें।[3]
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Error: Unable to display the reference properly. See the documentation for details.
- ↑ Error: Unable to display the reference properly. See the documentation for details.
- ↑ Statistics, विकिडेटा पर
| ई इंटरनेट-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |